भोजपुरी शायरी - Bhojpuri shayari | best shayari Bhojpuri - All Shayari-Hindi poems,Love shayari,Hindi Quotes,shayari status

Latest

Friday, October 1, 2021

भोजपुरी शायरी - Bhojpuri shayari | best shayari Bhojpuri

 Bhojpuri Shayari

अरे तोहार कनवा के बाली अ ओठवा के लाली जबरदस्त लागेलू , की अरे तोहार कनवा के बाली अ ओठवा के लाली जबरदस्त लागेलु, थोड़ा छोट बाड़ू त का भईल ए हमर करेजा,बहुत मस्त लागेलू"
Bhojpuri shayari


 भले हम आठ बजे तक सुतेनी तू कहतु त हम जाग जईती। की भले हम आठ बजे तक सुतेनी तू कहतु त हम जाग जईती,तोहार मम्मी पापा के ख्याल रखिला ए हमर करेजा । ना त बात मान हमहुँ तो लुधियाना लेके भाग जईती"

 जब तू सूट पहिर के गली से निकलेलु ,त पूरा गली में अंजोर हो जाला ,की जब तो सूट पहिर के गली में निकलेलु त पूरा गली अंजोर हो जाला,अ तोहर मुस्कान में एतना जादू बा ए करेजा . की तू रतियों में मुस्का देलू न , त भोर हो जाला"

 उमरिया तोहर छोट बा , बाकी तू हमरा दिल पे सीधा वार कईले बाड़ू , की उमरिया तोहर छोट बा , बाकी तू हमरा दिल पे सीधा वार कईले बाड़ू , अ का बताई तोहर  साड़ी पहिने क स्टाईल ए हमर करेजा , तू त देवरिया से लेकर गोरखपुर तक बवाल कईले बाड़ू"

 दिल लगाल हई यूपी बिहार वालन से कबो साथ न छोड़ब , कसम ह भिर्गु बाबा के ए करेजा , हो जइबू राजी त कलेब बियहवा तोहसे मुँह ना मोड़ब"

 बात बात प मुँह फूला लेलु अरे का बात बा , की बात बात प मुँह फूला लेलु अरे का बात बा , पिछला जनम में गुब्बारा रहलू ह का ।"
Shayari bhojpuri

 

 पकड़ लेनी कलाई त ढ़केल देलू कहेलु पखुरा खिंचा जाई , की पकड़ लेनी कलाई त ढ़केल देलू कहेलु पखुरा खिंचा जाई , लागेलु ब-म के करेजा मन करेला की घुस के खा जाईं"

Best Bhojpuri shayari 

 लड़का- गलवा गुलाबी अखियां शराबी होठवा तोहार एक नम्बर के बा , की गलवा गुलाबी अखियां शराबी होठवा तोहार एक नम्बर के बा लड़की - खाली ऊपरे देखब कमरिया हमार एक नम्बर के बा"

 

Bhojpuri shayari

 चकलेटवा लाएल बानी तोहरा खातिर खियायी त खईबु का , की चकलेटवा लाएल बानी तोहरा खातिर खियायी त खईबु का ,जाना मारेलु नजरिया कॉलेजवा में , नम्बरवा देई त बतियईबु का"

 ना जाने कवन विटामिन भरल बाटे तोहरा में , की ना जाने कवन विटामिन भरल बाटे तोहरा में , जब भी तोहसे बात ना होखेला ना , त ससुरा हमके कमजोरी महसूस होखे लागेला"

 जब जब हम मंगनी तब तब देले बाड़ू ,अरे करेजा जब जब हम मंगनी तब तब देले बाड़ू , काहे भुला तारू ये चुम्मवा के लत तुहि धरइले बाड़ू"

 देख के गलवा चिकन बदनिया सुंदर हो गईल बा लभ , 

की देख के गलवा चिकन बदनिया सुंदर हो गईल बा लभ ,

 ए करेजा लक्स लगावेलू की लगवेलु डव

भोजपुरी शायरी


तू दु हजार बारह के भूकम्प लेखा हऊ की तू दु हजार बारह के भूकम्प लेखा हऊ , अइबू हिलाके चल जइबू , हम 2020 के कोरोना लेखा हई , जेह दिन छू देब ना पूरा दुनिया जान जाई"

 करईलू मार यूपी बिहार में , हर जगह हिला देलू समियाना की करईलू मार यूपी बिहार में , हर जगह हिला देलू समियाना , और गलिया करावें तोहर मारा पीती अखियाँ बा तोहर कातिलाना"

 जेतना रतियां में जागल हई तोहरे खातिर उतना तुहु जागल हऊ का , की जेतना रतियां में जागल हई तोहरे खातिर उतना तुहु जागल हऊ का अउर अखियां मारेलु सबके समनवा घटवा पर , जाना पागल हउ का"

 खाली इनकरा के देखे खातिर लाइट केतना भगवले बानी की खाली इनकरा के देखे खातिर लाइट केतना भगवले बानी , रहे गर्मी के महीना अउर ई घरवा में सुतल रहली , कई बार त इनकरे गौवा के ट्रांसफरे पर ढेला चलवले बानी ☺☺"

 हे कृष्ण भगवान तू 1600 नचा दिहला ,अ का होली लड़की ई तुहई बता देला , हमहन पे त एके गो भारी हई देखल दुनु जने के कइसे चरावत हई"

 हमरे देखे क नजरिया तू रहलू , हमरे बर्बाद होखे क जरिया तू रहलू , आज न गुमान करथउ हई फेयरलवली वाली गोरइया पर , हम तबो प्यार करत रहनी जब करिया तू रहलू जब करिया तू रहलु"

Shayari bhojpuri | bhojpuri shayari 

 तू बनल बाप क बिगड़ बेटी हऊ त हमहुँ लड़का बिहारी हई की तू बनल बाप क बिगड़ बेटी हऊ त हमहुँ लड़का बिहारी, तू दिवानी सलमान खान के हऊ त हमहुँ दीवाना खेसारी लाल के हई"

 आईला तोहरा घरवा ओर त भागेलु तू हँसके की आईला तोहरा घरवा ओर त भागेलु तू हँसके , अ जब देखेलू खिड़किया से ए हमर रानी , त दिलवा धड़क जाला कसके"

 का बताई की केतना खास लागत रहू की का बताई की केतना खास लागत रहू , जे कवनों पानी से ना बुझी उ प्यास लागत रहू , अउर सखी के शादी में पहिनलु जब ललका सड़ियां , त का बताई झक्कास लागत रहू"

 तानी झगरा तानी तकरार वाली , गोर मुखड़ा पर काला बिंदी के सिंगार वाली , अउर का बताई हम अपना पगली के बारे में की अउर का हम बताई अपना पगली के बारे में , लाखो में एक बिया हमर बिहार वाली"

 की हम गरीब घर के लईका बानी त का हमार इज्जत नईखे, की हम गरीब घर के लईका बानी त का हमार इज्जत नईखे , अ ए करेजा तू अमीर बाप के बेटी बाड़ू , त का हमरा प्यार करेके हक नईखे"

 हम तोहके चाहिब तू हमके चहबू का की हम तोहके चाहिब तू हमके चहबू का , हम तोहके i love You बोलब ए करेजा तू हमसे शादी करबू का"

No comments:

Post a Comment